शोर प्रदूषणdatdipL BodnZzmc T1kiyteftaTust
शहरी माहौल में गाड़ी-बस सभसे प्रमुख कारण बा
शोर प्रदूषण या आवाज प्रदूषण तेज आवाज, माने शोर से पैदा होखे वाला समस्या हवे जेकरा कारन आदमी भा कौनों जीवधारी के दिक्कत होखे। आमतौर पर आवाज या ध्वनी धीमे भी हो सके ला आ नीक लगे वाला भी हो सके ला यही से जवन आवाज बहुत तेज होखे या खराब लागे, परेशानी के वजह बने ओकरा के शोर कहल जाला, आ अइसन आवाज से पैदा परेशानी के शोर प्रदूषण कहल जाला।
ई एक ठो आम पर्यावरणी समस्या बा आ प्रदूषण के एक ठो बिसेस प्रकार बाटे।
एकर प्रमुख कारण, शहर में मशीनी यातायात, मने कि रेल, बस, गाड़ी, हवाई जहाज नियर चीज सभ बा; परचार, धार्मिक समारोह, या अन्य पारिवारिक काज परोज पर लाउडस्पीकर लगावल; आतिशबाजी इत्यादि भी एकर मुख्य कारण बा।
इहो देखल जाय[संपादन]
शोर के ऊपर प्रतिक्रिया
- हवा प्रदूषण
- पानी प्रदूषण
- प्रदूषण
- मनुष्य के पर्यावरण पर परभाव
- पर्यावरणी समस्या
संदर्भ[संपादन]
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |